नक्सली गिरफ्तार

रोहतास जिला के गोरइलापहाड़ी का लगे काल्हु नक्सली हार्डकोर बृजकेतु सिंह उर्फ विष्णु के हथियार समेत गिरफ्तार कर लिहल गइल. दोसरा तरफ मुजफ्फरपुर में पचास गो से बेसी नक्सलियन के गिरोह मीनापुर में बूढ़ी गंडक पर पुल बनावे में लागल कंपनी के दू गो जेबीसी मशीन आ एगो ट्रैक्टर समेत कई सामान में आग लगा दिहले. औरंगाबाद के मदनपुर थाना इलाका से पुलिस दू गो गाड़ियन से तीन हजार डैटोनेटर आ दू क्विंटल विस्फोटक बरामद कइले बिया. ई सब सामान यूपी के इलाहाबाद से गया के पालबिगहा इलाका में ले जाइल जात रहे. दुनु गाड़ी के ड्राइवरन के गिरफ्तार कर लिहल गइल बा.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..