‘नगीना’ फिलिम में प्रदीप पाण्डेय चिंटू के धमाल आ कुछ अउरो खबर

Chintu-in-Naginचर्चित निर्देशक राजकुमार आर.पाण्डेय के आवे वाली फिलिम ‘नगीना’ के एगो गाना के शूटिंग पिछला दिने मुंबई के चांदीवली स्टूडियो में करावल गइल. गाना के बोल रहे ‘कभी मिलने तो आओ, सावन की नशीली रातो में’. एह शूट के मौका पर चिंटू धमाल मचा दिहलन. गाना जतना बढ़िया सुने आ गुनगुनावे में लागत बा देखहू में ओतने नीक लागी.

वइसे त एह फिलिम में कुल ११ गो गाना बा बाकिर ई गाना बाकी सभ से अलगा आ स्पेशल बा.
(संजय भूषण पटियाला)


VijayPath-team

एस एस फिल्म फैक्टरी के ‘विजय पथ – एगो जंग’ फिलिम एडिटिंग के दौर मे बा. एडिटिंग मुंबई के शकुन्तलम स्टूडियो में हो रहल बा.
(रामचन्द्र यादव)


KhushbuJain-SantoshShrivastav

पिछला दिने ‘बागी भइले सजना हमार’ फिलिम ला एगो गीत मशहूर पार्श्वगायिका ख़ुशबू जैन के आवाज में रिकार्ड करावल गइल. एकर पूरा शूटिंग जल्दिए उत्तर प्रदेश के बस्ती जिला के खूबसूरत जगहन प करावल जाई.
(रामचन्द्र यादव)


0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..