’नज़र लागल राजा तोहरे बंगले पे’ के शूटिंग पूरा

ManojPandey-PriyaSharmaनिर्माता विनोद बच्चन सिंह के फिलिम ’नज़र लागल राजा तोहरे बंगले पे’ के शूटिंग पूरा हो गइल बा. एक्शन भरल एह फिलिम के शूटिंग उत्तर प्रदेश के बलिया मे भइल बा. एह फिलिम से नवोदित अभिनेता अंजनी सिंह के लाँच कइल जात बा. कुल नौ गो गाना बाड़ी स एह फिलिम में. मुख्य नायक बाड़े एक्शन किंग मनोज पाण्डेय आ नायिका बाड़ी प्रिया शर्मा.

निर्माता विनोद बच्चन सिंह, निर्देशक समीम सैयद, लेखक-गीतकार भीरूंग वृंदा, संगीतकार राज सेन, छायांकन नाजीर भाई के, नृत्य गुरू केदार सुब्बा, फाईट मास्टड़ भूराज श्रेष्ट आ सह निर्माता मोहम्मद खत्री.

मुख्य कलाकारन में मनोज पाण्डेय, अंजनी सिंह, प्रिया शर्मा, आधारी बाबू, प्रीति सिंघानिया, जसवंत कुमार, प्रेम दुबे, इंदर उपाध्याय वगैरह बाड़ें.


(संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।