नथुनिया पे गोली मारल जाई ३१ दिसम्बर से


साल के आखिरी शुक का दिने रिलीज होखे जा रहल बिया भोजपुरी फिल्म “नथुनिया पे गोली मारे”. अजय श्रीवास्तव के लिखल कहानी पर उनके निर्देशन में उनकरे निर्माण बा ई फिल्म. जवना के अभय सिन्हा के यशी फिल्म्स आ अजय श्रीवास्तव प्रोडक्शन प्रस्तुत कर रहल बा. एह फिल्म में गाँव जवार में बाहुबलियन के आतंक के कहानी देखावल बा. फिल्म के खास कलाकारन में सुदीप पाण्डेय, पंकज केसरी, सुशील सिंह, विजय लाल यादव, मोनालिसा, गुंजन पंत, रीतू पाण्डेय, डाल्फिन, धामा वर्मा, दिव्यांशू नन्हे, विवेक तिवारी, विनोद तिवारीम ब्रजेश सिंह, आ अवधेश मिश्रा शामिल बाड़ें. स्वाति वर्मा, तसलीम, आ सीमा सिंह पर फिल्म के खास गाना फिल्मावल गइल बाड़ी सँ.


(स्रोत – प्रशान्त-निशान्त)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..