नन्दू निकम्मा का निगेटिव कंटिंग पूरा भइल

अनिता देवी जी. जी. एम. पिक्चर्स आ जी. जे. फिल्म इंटरनेशनल के प्रस्तुति भोजपुरी फिल्म ‘‘नन्दू निकम्मा’’ के निगेटिव कटिंग पिछला दिने मुंबई के मूवी लैब में कइल गइल. एह मौका पर अरूण सिंह, सुजीत चौबे, ब्रज भूषण, लवी श्रीवास्तव, राकेश गुप्ता, प्रभात रंजन आ संजय भूषण पटियाला उपस्थित रहले.

पूरा तरह से कॉमेडी आ रोमांस से भरल ‘नंदू निकम्मा’ के शूटिंग बिहार के राजगीर शहर में भइल बा. एह फिल्म में कुल आठ गो गाना बा. एह में प्रतिभा पाण्डेय आ बिरेन्द्र के जोड़ी पहिला बेर परदा पर नजर आई. प्रतिभा पाण्डेय के कई गो फिलिम पहिले रिलीज हो चुकल बा. हैं। यह फिल्म शीघ्र ही बिहार, यु. पी., दिल्ली, पंजाब, कोलकाता, नेपाल एवं मुंबई के सिनेमाघरों में प्रदर्शित की जायेगी। फिल्म में

फिल्म निर्माता रंजन-राकेश गुप्ता, कथा-पटकथा आ निर्देशक ब्रज भूषण, सह निर्माता बी. प्रसाद, कार्यकारी निर्माता पिंटू कुमार , सह निर्देशक कमर हाजीपुरी, शिव कुमार वर्मा (शिबू), संवाद सुबोध गाँधी, छायांकन: त्रिलोकी चौधरी, संगीत सुजीत चौबे.

मुख्य कलाकारन में तुलो बिरेन्द्र, प्रतिभा पाण्डेय, राकेश गुप्ता, रितिका सिंह, उत्तम झा, अरूण सिंह, सुमन्ती बनर्जी, रूपा सिंह, पिंकू श्रीवास्तव, अरूणा सिंह, डॉल्फिन दूबे, (अतिथी कलाकार) पुरन्याला आ विजय खरे के नाम बा.


(संजय भूषण पटियाला के रपट से)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।