नया निर्देशकन के मौका देबे में माहिर हवे आदि शक्ति

DurgaDada
जानल मानल फिल्म फाईनेंसर कंपनी आदि शक्ति इंटरटेनमेंट के महारत हासिल बा नयका निर्देशकन के मौका देबे में. कंपनी के कर्ता धर्ता दुर्गा प्रसाद मजूमदार उर्फ दुर्गा दादा जानल मानल गीतकार संगीतकार विनय विहारी के उकसवले कि उ फिलिम ‘प्यार मोहब्बत जिन्दाबाद’ के निर्देशित करसु. बहुते ना नुकुर का बाद आखिर विनय विहारी मनले आ एकरा के अतना बेहतर निर्देशन दिहले कि ‘प्यार मोहब्बत जिन्दाबाद’ फिलिम बिहार में सफलता के डंका पीट दिहलसि आ पीटले जात बिया.

आदि शक्ति इंटरटेनमेंट अउरिओ अनेके निर्देशकन के मौका दे चुकल बिया आ उ लोग आजु आपन अलग पहचान बना लेबे में लागल बा. दुर्गा दादा के कहना ह कि उनुका ला नया पुरान निर्देशक के कवनो माने ना होखे. उ प्रतिभा देखेलें आ फिलिम बनावे के मनसो. तबहिए नू हर साल एक से बढ़के एक हिट फिलिम देबे वाला दुर्गा प्रसाद मजूमदार के फिलिम निरहुआ हिन्दुस्तानीओ हाल का दिने के सबले बड़हन हिट फिलिम बन गइल बा.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।