’नरसिम्हा‘ के संगीत मुहुर्त भइल मुम्बई में

भानू फिल्म्स एण्ड प्रोडक्शन के बैनर तले बने जात भोजपुरी फिलिम ’द नरसिम्हा‘ के संगीतमय मुर्हूत पिछला दिने मुम्बई के वीरा देसाई रोड स्थित एक एक्स स्टूडियो में नारियल फोड़ के कइल गइल. एह मौका पर फिलिम जगत के बहुते लोग मौजूद रहल.
निर्माता पंकज त्यागी, लेखक निर्देशक विनोद तिवारी, पटकथा संवाद कुमार संजीत, गीत अरविंद तिवारी, संगीत अमन श्लोक, छायांकन मनोज कु. झाला, नृत्य ज्योति आनंद आ महादेवन, अउर फाईट सिंह इज किंग.
मुख्य कलाकार विनय आनंद, गुंजन पंत, अभिषेक सिंह, प्रिया शर्मा, रजा मुराद, मोहन जोशी, गोपाल राय आ ब्रजेश त्रिपाठी.
निर्देशक विनोद तिवारी एहले पहिले विनय आनंद आ कल्पना शाह के फिलिम दबंग दमाद कर चुकल बाड़न जवना के १२ अक्टूबर के रिलीज कइल जाई.

एक्शन प्रधान फिल्म ’नरसिम्हा‘ के गाना बहुते नीक बाड़ी स आ मनोरंजन से भरपूर बाड़ी स. गायक विजय लाल यादव आ इन्दू सोनाली.
शूटिंग जल्दिए मध्य प्रदेश में शुरू होखे वाला बा.


(संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..