मलेशिया में शूटिंग कर के वापिस अइले सुदीप आ दिव्या
-

भोजपुरी फिलिम “पारो पानवाली” के शूटिंग मलेशिया के मनोरम लोकेशनन पर करा के सुदीप पांडे आ दिव्या द्विवेदी लवट आइल लोग. भोजपुरिओ फिलिमन के शूटिंग अब बालीवुड फिलिमन जइसन होखे लागल बा. निर्माता रंजू सिन्हा के एह फिलिम पर भरपूर खरचा होखत बा. निर्देशन करत बाड़े राज वर्मा.

सुदीप पांडे बतवलन कि एह शूटिंग में हेलीकाप्टर आ बोट के जम के इस्तेमाल भइल आ एकदम हिन्दी फिलिमन लेखा एकर शूटिंग करावल गइल बा. तय बा कि देखनिहारन के एह फिलिम से भरपूर आनन्द मिली.


(संजय शर्मा राज)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts