नरेन्दर प्रताप सिंह ले आवत बाड़न ‘सरफिरा‘

NarendraPratap-MithileshAvinashन्यू इन्द्रा इंटरटेंमेंट के बैनर तले बने जात भोजपुरी फिलिम ‘सरफिरा‘ के गाना के रिकार्डिंग मुम्बई में तेजी से करावल जात बा. एहमें कुल दस गो गाबा बा. अब एकर शूटिंग के एलान जल्दिए होखे वाला बा.

एह फिलिम के निर्मात नरेंदर प्रताप सिंह यूपी के जौनपुर जिला के अतरौरा गाँव के हउवें आ एह फिलिम से पहिले अनेके म्यूजिक वीडियो एलबम बना चुकल बाड़न. “सरफिरा” उनुकर पहिलका फिलिम ह. ई फिलिम एक्शन आ कॉमेडी भरल मनोरंजक फिलिम होखी. निर्देशन मिथिलेश अविनाश करत बाड़ें,

निर्माता नरेन्द्र प्रताप सिंह, लेखक निर्देशक मिथिलेश अविनाश, गीतकार विनय बिहारी, सागर परदेशी, राजेश मिश्रा, अशोक सिन्हा, प्यारे लाल यादव, संगीतकार छोटे बाबा, छायांकनकर्ता डी.के. शर्मा फाईटमास्टर हीरा यादव, नृत्यनिर्देशक सतोष सर्वदर्शी, एडिटर धरम सोनी, आ सह निर्माता अब्बास अली अंसारी हउवें.

मुख्य कलाकारन में शिवम तिवारी, जितेन्द्र सिंह, अमित उपाध्याय, विष्णु शंकर बेलू, दीपक भाटिया, गोपाल राय वगेरह के नाम शामिल बा.


(संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।