GangaPrasadArun

– गंगा प्रसाद अरुण

संता, जाने कइसन महभारत फेर आइल बाटे
चकराबिहू रचाइल बाटे ना!

केकर कइसे गोड़ कबारीं
केकरा के कइसे हम जारीं
डेगे-डेग इहाँ पर लाखा-घर सिरजाइल बाटे
चकराबिहू रचाइल बाटे ना!

अनकर अस्तर-सस्तर बोले
बीचे धरम-जूझ मन डोले
जोधा बर्हमफाँस में एकइस के अझुराइल बाटे
चकराबिहू रचाइल बाटे ना!

बूझीं तच्छक कुल के पूता
अरजुन के अरिजन अस बूता
करना के धनुही पर ‘अश्वसेन’ तरनाइल बाटे
चकराबिहू रचाइल बाटे ना!

सातिर जिरजोधना के सूरा
मिल के कइलें बकिया पूरा
सतेआँ फाटक निहथा बिर अभिमना धराइल बाटे
चकराबिहू रचाइल बाटे ना!


संपर्क :
09234872041

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।