नहले पे दहला के ग्रैण्ड फिनाले में कृतिका बनाम आकाश


भोजपुरिया दर्शकन के चहेता टीवी चैनल महुआ के रियलिटी शो “नहले पे दहला” के ग्रैण्ड फिनाले पहली मई अतवार के साँझ सात बजे से देखावल जाई. एह फिनाले में चहुँपे वाला दु गो सौभाग्यशाली आ प्रतिभा के धनी प्रतिभागी बाड़े इलाहाबाद के कृतिका आ बक्सर के आकाश. एह शो के प्रसारण महुआ टीवी पर होई आ शो के एंकर होखीहें पारितोष आ सुमन. निर्णायक मण्डल में मशहूर लोक गायक गोपाल राय, इंदु सोनाली, आ धनंजय मिश्रा. एह फिनाले के देखे खातिर तइयार रहीं अतवार पहली मई के साँझ सात बजे से.


(स्रोत – प्रशान्त निशान्त)

1 Comment

  1. shanki diwan

    aakash is the winner nahle pe dehla,

    maine ab tak ek bhi episode nahi dekha hai is show ka

    but mere dil kahata hai ki aakash hi winner hoga,

    aakash ka maine ek hi song hi suna tha jisme use cheque diya tha 42000 ka…

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।