नहले पे दहला पर ट्रांसपोर्ट के थीम

आजु शनिचर का दिने महुआ टीवी देखावल जा रहल “नहले पे दहला” शो में गाना के थीम रही ट्रांसपोर्ट. पवन सिंह “टाटा के नैनो कार” गावत एकर शुरुआत करीहें. शो के मेहमान रहीहन बलिया के भोजपुरी गायक गोपाल राय. आजु का शो में लड़िकन के टीम लड़की का ड्रेस में रही काहे कि लड़कियन के सजा मिलल बा. लाड़ो गइहें “सजन राजधानी पकड़ि के आ जइहो”, विकास “मोपेड पे हो के सवार” गइहे, आर्य नन्दिनी के गाना रही “पनिया के जहाज से पलटनिया बनि के अइह पिया”, आकाश गइहें “रिक्शा पे जब बइठ के गोरिया”, इला खालिद के गाना रही “दिखलाये डीजल गाड़ी दिलबर जानी”, वार्षिकेय के माँग रही “पिया मेंहदी ले आ दा मोतीझील से”, सुरभि के “जीजा जी मोर आटोरिक्शा चलावें”, आ गोलू के गाना रही “निरहुआ रिक्शावाला”.

शो के शुरुआत में पवन सिंह वादा कइले रहन कि जे सबले बढ़िया गाई ओकरा के चारपहिया कार दिहल जाई. आकाश के गाना सबले बढ़िया मानल गइल त उनुका के पवन सिंह एगो चार पहिया कार दे दिहलन. अलग बाति बा कि ऊ कार खिलौना कार रहे. शो के समाप्ति गोपाल राय के “हिलोर मारे” का साथे खतम होखी.

नहले पे दहला शुक आ शनिचर का दिने रात आठ बजे से देखावल जाला.


(स्रोत – प्रशान्त-निशान्त)

2 Comments

  1. Sanjay kumar bharti

    PAWAN SINGH AAP AARAH ME AA SAKINA JALD OVER BRIDGE PR SOUTING KARI

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।