नहात घरी डूब के दू गो बचवन के मौत

जौनपुर जिला के महाराजगंज इलाका के कोबा गांव मे शुका का साँझ मछली मरला का बाद तालाब मे नहात घरी दू गो बच्चा डूब गइल जवना से ओकनी के मौत हो गइल. साथे नहात तीन गो दोसर बच्चा बाच गइले.
पुलिस बतावत बिया कि राज कुमार के दस साल के बेटा सनी, बसहराकलां के महेन्द्र के बारह बरीस के बेटा राहुल, आ गाँवे के तीन गो अउर बच्चा गांव मे मनरेगा से खोनाइल एगो तालाब में मछली मरला का बाद नहाए लगले त सनी आ राहुल गहीर पानी में चल गइले. बाकी तीनो बच्चा चिल्लइले त गाँव के लोग आइल बाकिर तबले दुनु डूब गइल रहले.
गाँव के लोग लाश पानी से निकालल आ पुलिस पंचनामा करा के पोस्टमार्टम ला भेज दिहलसि.
(वार्ता)

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।