‘नागिन’ के सांग रिकार्डिंग में कल्पना आ इंदू सोनाली के दंगल

जइसे बालीवुड में सलमान खान आ शाहरुख खान में तनातनी चलल करेला कुछ ओइसने हालत बन गइल जब दू गो मशहूर भोजपुरी गायिका कल्पना आ इंदू सोनाली रेकार्डिंग स्टूडियो में एक दोसरा पर दोष लगावे लगली. ओ दोषो अइसन कि निर्माता-निर्देशक के गोड़ हाथ फूल गइल.

ओह दिन निर्माता निर्देशक राजकुमार आर. पांडे के ‘नागिन’ के गाना के रिकार्डिंग कइल जात रहुवे. एगो गाना में कल्पना आ इंदू सोनाली के एक संगे गावे के रहुवे. गाना अइसन कि लागे कि बिरहा के दंगल चलत बा. आ ओही गाना के ले के कल्पना आ इंदू सोनाली में दोषादोषी के दौर चल निकलल, रिकार्डिंग का मौका पर राजकुमार पांडे फिल्म के नायक खेसारी लाल यादव, रानी चटर्जी, आ मोनालिसा के नेवतले रहलें. बतावल जात बा कि संगीतकार राजेश रजनीश कल्पना आ इंदू सोनाली के आवाज़ में गाना रिकार्ड करावल शुरु कइलें. कुछ देर ले माहौल ठीक बुझाइल काहे कि दुनु जनी, कल्पना आ इंदू सोनाली गाना के मूड में रहली आ वइसने गवली जइसन कि निर्देशक राजकुमार पांडे चाहत रहलें. दुनु गायिका अतना बढ़िया गावत रहली कि खुद राजकुमार पांडे के लागल कि कहीं ई व्यवसायिक प्रतिद्वंदिता त ना ह आ ई सोचिए के उनकर हालत खराब हो गइल. राजकुमार पांडे रिकार्डिंग रोके के कहलें त दुनु जनी हँसे लगली. कहल लोग कि अतना बढ़िया दंगल चलत रहुवे अनेरे रोक दिहनी. कल्पना आ इंदू सोनाली के सूझबूझ देख के राजकुमार पांडे दंग रह गइलें आ फेर पूरा मूड से दुबारा ‘नागिन’ के ई जंगी मुकाबला रिकार्ड करावल गइल.

साईदीप फिल्म्स प्रस्तुत ‘नागिन’ के लेखक मनोज कुशवाहा, गीतकार प्यारे लाल यादव, विपिन बहार, आ महेश परदेशी, मारधाड़ निर्देशक हीरा यादव, नृत्य निर्देशक पप्पू खन्ना आ एडीटर हउवें गुर्जन सिंह.

कलाकारन में खेसारीलाल यादव, रानी चटर्जी, मोनालिसा, नवोदित ज्योतित, मनोज टाईगर, सीमा सिंह, बृजेश त्रिपाठी, प्रकाश जैस, के.के. गोसवामी, मंटूलाल, सी.पी. भट्ट, अनूप अरोड़ा, पुष्पा वर्मा, वंदिनी मिश्रा अउर अवधेश मिश्रा के खास नाम बा.


(स्रोत – शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा के रपट)

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।