‘नागिन’ में लउकी पहिला बेर एगो अद्भुत खेला

राजकुमार आर. पाण्डेय रानी चटर्जी के ’नागिन’ बना दिहलें

सिनेमा भोजपुरी के मशहूर निर्माता-निर्देशक राजकुमार आर. पाण्डेय सिनेमा भोजपुरी के रानी रानी चटर्जी के ‘नागिन’ बना दिहलन. रानी चटर्जी साईदीप फिल्मस के बैनर तले बनल फिलिम ‘नागिन’ में नागिन के केन्द्रीय भूमिका में बाड़ी आ इन कर नायक बाड़ें खेसारीलाल यादव.

फिल्म “नागिन” के प्रोमों जेही देखल सबही रानी के लुक सराहत थाकत नइखे. राजकुमार पाण्डेय के कहना बा कि जब उनका मन में नागिन बनावे क विचार आइल तबहिए ऊ रानी के नागिन का रूप में देखलन. रानी अब दर्शकन का दिल पर राज करे ला तइयार बा. एकरा के छठ पर रिलीज करे के तइयारी चलत बा.

‘नागिन’ में लउकी पहिला बेर एगो अद्भुत खेला

सिनेमा भोजपुरी अब तकनीक के मोहताज नइखे रह गइल. फिल्म ‘नागिन’ में दर्शक एकर नमूना एगो अलगे अद्भुत रूप में देखीहें. अइसन अइसन स्पेशल इफेक्ट के इस्तेमाल भइल बा जे दर्शकन के रोंआ सिहरा दी. पहिला बेर दर्शक ‘नागिन’ के अद्भुत खेला देखीहें.

एह फिल्म के निर्माता निर्देशक राजकुमार पांडे, लेखक मनोज कुशवाहा, गीतकार प्यारे लाल यादव, विपिन बहार, आ महेश परदेशी, मारधाड़ निर्देशक हीरा यादव, नृत्य निर्देशक पप्पू खन्ना, आ संपादक गुर्जन सिंह हउवें.

कलाकारन में खेसारीलाल यादव, रानी चटर्जी आ मोनालिसा का संगे नवोदित अभिनेता ज्योतित, मनोज टाईगर, सीमा सिंह, बृजेश त्रिपाठी, प्रकाश जैस, के.के. गोसवामी, मंटूलाल, सी.पी. भट्ट, अनूप अरोड़ा, पुष्पा वर्मा, वंदिनी मिश्रा आ अवधेश मिश्रा शामिल बाड़ें.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा आ प्रशांत निशांत के अलग अलग रपट से)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।