नानी कीहाँ काहें गइलन राहुल गाँधी

दू दिन पहिले बाकायदा ट्वीट जारी क के कांग्रेसी गोल के अध्यक्ष बनि चुकल राहुल गाँधी देश के जानकारी दिहलन कि ऊ 93 बरीस उमिर केअपना नानी से भेंट करे जात बाड़ें.
इटली जाए के एह फैसला पर देश में आ खाक क के सोय़ल मीडीया पर तरह तरह के सवाल उठावल जा रहल बा. सवाल उठावे के मौका एहुसे मिलत बा कि राहुल गाँधी इटली के नागरिक हउवें आ ओहिजा काल्हु 4 मार्च का दिने भोट पड़े वाला बा. इटली के कानून इटली में जनमें वाला हर लड़िका लड़िकी के आपन नागरिकता दे देला आ एही आधार पर सोनिया के बेटा राहुल आ बेटी प्रियंका के ओहिजा के नागरिकता मिलल बा. ई लोग कबहियों एह नागरिकता से इंकार नइखे कइले आ राहुल पर त लगातार आरोपो लागत रहेला कि भारत के पासपोर्ट पर विदेश निकलला का बाद के सफर इटालियन पासपोर्ट से करेलें.
हालांकि, कहे वाला इहो कहत बाड़न कि आजु 3 मार्च के तीन गो पूर्वी राज्यन के भोट में आपन हार पकिया मानत एह मौका से देश का बाहर चलि गइल बाड़न राहुल. एह तरह सोझा सोझी लउकत हार पर उठल सवालन के जवाब ना देबे के पड़ी.
एही बीच सुब्रह्मणियम स्वामी इहो सवाल उठवले बाड़न के दू गो आपराधिक मामिला में जमानत पर छूटल राहुल के देश से बाहर जाए के मौका कइसे दे दिहलसि सरकार. अगर बाकी भगोड़न का तरह राहुलो वापिस ना अइलें ते एकर जिम्मेदार के होखी. याद राखल जरुरी बा कि नेशनल हेराल्ड धोखाधड़ी मामिला में सोनिया गाँधी आ राहुल गाँधी अउरिओ आरोपयन का संगही जमानत पर बावे लोग.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *