नारी शक्ति के नया उर्जा देत बिया ’प्रतिधात’

Pratighaat-poster’खून की होली एक प्रतिघात’ नारी प्रधान एक्शन फिलिम ह जवना के सपरिवार देखल जा सकेला. एहमें नीरज यादव के बतौर खलनायक ब्रेक मिलल बा. अनुभव मोशन पिक्चर्स के एह प्रस्तुति के निर्देशक आनंद डी गहतराज आ निर्माता नीरज यादव (अहीरा) हउवें.

नीरज यादव एगो दबंग बाहुबली नेता बनल बाड़ें त अक्षरा सिंह उनकर भंडाफोड़त पत्रकार. नीरज के आँख में ई पत्रकार हमेशा खटकत रहतिया. नाराजगी आ जुल्म करे के नया तरीका देखावे वाला खलनायक नीरज यादव रंगमंच आ दूरदर्शन(गोरखपुर अउर मेट्रो) पर लेखन, निर्देशन आ अभिनय कर चुकल बाड़न आ ई नीरज के पहिला फीचर फिलिम ह. असल जिनिगी में विधान सभा चुनाव हार चुकल नीरज यादव एह फिलिम में विजयी रहत बाड़ें आ कहत बाड़ें कि फिलिमे में ना बाक्सो आफिस पर जीत दर्ज करीहें.


(संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..