नालायक गृहमंत्री के बेजाँय बयान

देश के गृहमंत्री पी चिदंबरम से अपना विभाग के काम त सम्हरे ना बाकिर बयानबाजी में केहु से कम ना रहल चाहसु. काल्हु कहलन कि दिल्ली में बढ़त अपराधन का पाछा बाहरी लोग बा. साफ त नाम ना लिहलन बाकिर इशारा जरुर बिहार आ यूपी से आवे वाला लोग रहल. एह बयान का तुरते बाद उनकर निंदा होखे लागल. भाजपा के एस एस अहलूवालिया कहलन कि अदालती आदेश का बावजूद अवैध तरीका से आइल बांगलादेशियन के निकाल नइखन पावत बाकिर अपने देश में रोजी रोटी का तलाश में आइल लोग पर दोष लगावत बाड़न. मायावती, मुलायम, लालू सभे एक सुर में चिदंमबरम के लताड़े लागल त कांग्रेसियो सजग भइलें आ कहे लगले कि चिदंबरम के बयान गैर जरुरी रहे. कांग्रेसियन के डर लागल कि बिहार में करारा हार का बाद दोसरो प्रदेशन में कांग्रेस का खिलाफ हवा बने लागी. बाद में चिदम्बरम कहे लगलन कि उनकर कहला का मतलब ऊ ना रहे जवन लोग लगा लिहल. शायद एही से भोजपुरी में एगो कहावत कहल जाला, “बिना हवा के पीपर डोले, बिना बोलाये बरुआ बोले”.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।