ना नौ मन तेल होखी ना धन्नो नचीहें


अब लोकसभा में मंगल का दिने कांग्रेसो ले के आई आपन विश्वास प्रस्ताव
नयी दिल्ली, 23 मार्च (वार्ता). तेलुगु देशम पार्टी आ वाईएसआर कांग्रेस का बाद अब कांग्रेसो लोकसभा में मोदी सरकार का खिलाफ अविश्वास प्रस्ताव के नोटिस दिहले बिया.
सदन में कांग्रेस के नेता मल्लिकार्जुन खड़गे लोकसभा महासचिव के आजु सउँपल अपना नोटिस में निहोरा कइले बाड़न कि उनुका प्रस्ताव के मंगल का कार्यसूची में शामिल कइल जाव. साथही कांग्रेस अपना गोल के सांसदनो के ओह दिन सदन में मौजूद रहे के व्हिप जारी कइले बिया.
तेलुगु देशम पार्टी आ वाईएसआर कांग्रेस पिछला शुके के अपना अविश्वास प्रस्ताव के नोटिस दिहलें बाकिर सदन में रोजे होखत बवाल का चलते स्पीकर ओकरा के सदन में उठावे के इजाजत नइखी देत. उनुकर कहना बा कि जबले सांसद अपना अपना सीट पर ना बइठिहें तबले ऊ गिन ना सकसु कि प्रस्ताव का पक्ष में कतना लोग बा.
जाने जोग बा कि अविश्वास प्रस्ताव के नोटिस का समर्थन में कम से कम 50 सदस्यन के सहमति जरुरू होखेला. आ तबे एकरा के चरचा खातिर लीहल जा सकेला.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।