निरहुआ आ असलम शेख ‘रखवाला’ ले के अइहें

सिनेमा भोजपुरी के जुबिली स्टार दिनेशलाल यादव ‘निरहुआ’ सुपरहिट निर्देशक असलम शेख का साथे अब ‘रखवाला’ फिल्म ले के अइहें. एह फिल्म के शूटिंग पिछला दिने उत्तर प्रदेश के जौनपुर में शुरू हो गइल बा.

फिल्म में निरहुआ के नायिका बाड़ी रिंकू घोष. असलम शेख प्रोडक्शन्स का बैनर तले एह फिल्म के निर्माण इश्तियाक शेख ‘बंटी’ आ रितू शर्मा करत बाड़े. असलम शेख निर्देशक आ निरहुआ अभिनेता के जोड़ी एहसे पहिले ‘परिवार’ आ ‘औलाद जइसन सुपरहिट फिलिम दे चुकल बा.


(प्रशांत निशांत के रपट से)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..