निरहुआ आ रानी चटर्जी पहिला बेर साथ साथ


निर्माता निर्देशक रामाकान्त प्रसाद के फिल्म “दिलजले” कुमारी माई मूवीज आ आदिशक्ति इन्टरटेनमेंट का बैनर में बन रहल बा. एह फिल्म में भोजपुरी सिनेमा के बादशाह अभिनेता दिनेश लाल यादव किंग आ भोजपुरी सिनेमा के स्टार अदाकारा रानी चटर्जी पहिला बेर एक साथे काम कर रहल बा लोग. साथी कलाकारन में विराज भट्ट, बाली, स्वाति वर्मा, आनन्द मोहन, रीतु पाण्डेय, संतोष श्रिवास्तव, गोपाल राय, संजय पाण्डेय आ नीरज राय पौडेल शामिल बाड़े. फिल्म के गीत आ संगीत अशोक कुमार दीप के बा. कुछ गीत प्यारेलाल कवि के लिखल बा. फिल्म के नृत्य निर्देशक कानू मुखर्जी हउवें. फिल्म के होली का आसपास रिलीज करे के योजना बन रहल बा.


(स्रोत – प्रशान्त-निशान्त)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।