निरहुआ इन्टरटेनमेंट के औलाद आ निरहुआ ताँगावाला के लांचिंग


पिछला दिने दिनेश लाल यादव के फिल्म निर्माण कंपनी “निरहुआ इन्टरटेनमेंट” का तरफ से दी गो नया फिल्म के लांचिंग कइल गइल. एह फिल्मन के नाम बा “औलाद” आ “निरहुआ ताँगावाला”. दुनु फिल्मन में निरहुआ आ पाखी हेगडे के मुख्य जोड़ी बा आ साथ में हास्य कलाकार मनोज टाइगर, अवधेश मिश्रा, गोपाल राय आ एयाज खान दुनु फिल्म में बा लोग. प्रवेश लाल यादव आ शूभी शर्मा “औलाद” फिल्म के दोसरका खास जोड़ी रही लोग जवना के निर्देशन फारुक सिद्दिकी करीहें. साथ में संतोष श्रीवास्तवो एगो खास किरदार में रहीहें. “निरहुआ ताँगावाला” के निर्देशन असलम शेख का जिम्मे बा. दुनु फिल्म के शूटिंग जल्दिये आजमगढ़ में शुरु होखे जा रहल बा. “निरहुआ ताँगावाला” के कुछ शूटिंग मुंबई में भा हैदराबाद के रामोजी फिल्म सिटी में करावल जाई. निरहुआ के कहना बा कि ऊ फिल्म के निर्माण पइसा कमाये खातिर ना शूरु कइलें. उनुकर कोशिश बा कि भोजपुरी कला आ संस्कृति के सही तरीका से फिल्मन का माध्यम से प्रसारित कइल जाव.
(स्रोत – प्रशान्त-निशान्त)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।