निरहुआ कइलन मेहरारू के किरदार

सोलह सिंगारन से लैस, माथ पर मटकी उठवले एह चतुर नार के देखि चिहुँक त ना गइनी ?

नारि बनल ई नर हउवन भोजपुरी इंडस्ट्री के असली सुपरस्टार दिनेशलाल यादव ‘निरहुआ’ जे दीपक सावंत आ अभिषेक चड्ढ़ा के फिल्म ‘गंगादेवी’ में अपना हुस्न के जलवा देखावत नज़र अइहें. मरद हो के मेहरारू के स्वांग भरल भोजपुरी सिनेमा खातिर भलही नया होखे, बॉलीवुड में अमिताभ बच्चन से लिहले आमिर खान आ गोविंदा तक ले ई कारनामा कर चुकल बाड़े. अब एही लिस्ट में निरहुओ के नाम जुड़ गइल बा.


(रंजन सिन्हा के रपट से)

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।