निरहुआ के ‘इज्जत’ के शानदार ओपनिंग

Monalisa-Nirahua-Izzatपिछला हफ्ता भोजपुरी सुपरस्टार दिनेशलाल यादव निरहुआ के ‘इज्जत’ पूरा बिहार में शानदार ओपनिंग दर्ज कइलसि. मिथिला टॉकिज के बैनर में बनल एह फिलिम के बिहार के 40 गो सिनेमाघरन में प्रदर्शित कइल गइल बा. एकरा के हर वर्ग के दर्शक पसंद करत बाड़े आ निरहुआ के अभिनय के जमके तारीफ होखत बा. खास क के उनकर एक्शन सीन आ संवाद अदायगी खूबे नीक लागत बा दर्शकन के.

निर्माता मनोज कुमार चौधरी आ निर्देशक बाली के एह फिलिम में निरहुआ के नायिका बाड़ी हॉट गर्ल मोनालिसा आ साथी कलाकारन में प्रतिभा पाण्डेय, मनीष चतुवेर्दी, दीपक भाटिया आ ब्रजेश त्रिपाठी के नाम खास बा.
निरहुआ एह फिलिम के ओपनिंग से बेहद खुश बाड़ें.


(प्रशांत निशांत)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।