निरहुआ के ‘इज्जत’ के शानदार ओपनिंग

Monalisa-Nirahua-Izzatपिछला हफ्ता भोजपुरी सुपरस्टार दिनेशलाल यादव निरहुआ के ‘इज्जत’ पूरा बिहार में शानदार ओपनिंग दर्ज कइलसि. मिथिला टॉकिज के बैनर में बनल एह फिलिम के बिहार के 40 गो सिनेमाघरन में प्रदर्शित कइल गइल बा. एकरा के हर वर्ग के दर्शक पसंद करत बाड़े आ निरहुआ के अभिनय के जमके तारीफ होखत बा. खास क के उनकर एक्शन सीन आ संवाद अदायगी खूबे नीक लागत बा दर्शकन के.

निर्माता मनोज कुमार चौधरी आ निर्देशक बाली के एह फिलिम में निरहुआ के नायिका बाड़ी हॉट गर्ल मोनालिसा आ साथी कलाकारन में प्रतिभा पाण्डेय, मनीष चतुवेर्दी, दीपक भाटिया आ ब्रजेश त्रिपाठी के नाम खास बा.
निरहुआ एह फिलिम के ओपनिंग से बेहद खुश बाड़ें.


(प्रशांत निशांत)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..