निरहुआ के जान से मारे के धमकी

भोजपुरी के सुपर स्टार दिनेश लाल यादव निरहुआ के पिछला दिने फोन करके जान से मारे के धमकी दिहल गइल बा. ई धमकी एगो निर्माता सतीश भावष्कर दिहले बा जे चाहत रहे कि निरहुआ ओकरा फिल्म खातिर डेट देसु. ना दिहले त पहिले एक करोड़ के माँग कइलस कहलसि कि ना त निरहुआ के फिल्म मुंबई में रिलीज ना होखे दी. पहिले त निरहुआ सोचले कि कवनो सिरफिरा होखी जे अइसहीं हवा बान्हत बा बाकिर जब बाकियो निर्माता लोग, अभय सिन्हा, आलोक कुमार आ दुर्गा प्रसाद, के धमकवलसि कि निरहुआ के लेके फिल्म बनइब लोग त मुंबई में रिलीज ना होखे देब. दुर्गा प्रसाद के त इहो धमकी दिहलसि कि अगर निरहुआ के फिल्म के गाना रिकार्ड करऽवलऽ त स्टूडियो में तोड़ फोड़ करवा देब. संगीतकार राजेश रजनीशो के धमकवले बा. एह सब का बाद निरहुआ एह बारे में यमन पुलिस थाना में केस दर्ज करवा दिहले बाड़न. निरहुआ के फिल्म “दुश्मन” जल्दिये मुंबई में रिलीज होखे वाली बा ओकरो के रिलीज ना होखे देबे के धमकी दिहले बा ऊ सतीश भाविष्कर.


(स्रोत – प्रशान्त निशान्त)

1 Comment

  1. rakesh

    ham bojpurr filam mi kam karl chahet bani
    hamar mobil no,h 9721590857
    8960357763

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..