निरहुआ फेरू जीत लिहले दर्शकन के दिल

सिनेमा भोजपुरी के जुबली स्टार दिनेश लाल यादव निरहुआ अपना हालिया फिलिम “बिदेसिया” से फेरू दर्शकन के दिल जीत लिहले बाड़न. साथही अपना शानदार अदाकारी से समीक्षको लोग के आपन कायल बना लिहले बाड़न. एह फिल्म में निरहुआ के पत्नी का भूमिका में छवि पाण्डेय आ प्रेमिका के भुमिका में पाखी बाड़ी. मेहमान भूमिका में आइल प्रवेश लाल यादव एह फिल्म में उनुकर मालिक बनल बाड़न. फिल्म के निर्देशक हउवें रंजन सिंह.

“बिदेसिया” पूरा बिहार आ मुंबई में शानदार बिजनेस करत बिया.


(प्रशांत निशांत के रपट से)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..