निरहुआ भाई आजमगढ़ में


अपना निजी निर्माण कंपनी “निरहुआ फिल्म्स” के आवे वाली फिल्म “औलाद” के शूटिंग खातिर भोजपुरी सिनेमा के बादशाह दिनेश लाल यादव निरहुआ आ युवा सम्राट प्रवेश लाल यादव एह घरी आजमगढ़ में जमल बा लोग. दुनु भाई फिल्मो में भाईये के भूमिका करत बाड़े. दिनेश लाल यादव निरहुआ के नायिका बाड़ी पाखी हेगडे, आ प्रवेंश लाल यादव के शूभी शर्मा. फिल्म के निर्देशक हउवें असलम शेख. आजमगढ़ मे निरहुआ के गाँव बा आ दुनु भाई बहुत दिने बाद अपना गाँव में लमहर समय बितावत बाड़े.


(स्रोत – प्रशान्त-निशान्त)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।