निरहुआ मेल में निरहुआ के खतरनाक एक्शन

श्रीप्रियंका पिक्चर्स का बैनर में एस साईंबाबा आ ए दास के बनावल फिल्म “निरहुआ मेल” में भोजपुरी सिनेमा के सुपर स्टार दिनेश लाल यादव निरहुआ अपना हैरतअंगेज एक्शन से अपना दुश्मनन के सफाया करत लउकीहें. करोड़ो रुपिया खरच कर के फिल्मावल एह फिल्म के एक्शन अबही ले कवनो भोजपुरी फिल्म से अलगा रही.

फिल्म के निर्देशन जी सुब्बाराव के, गीत विनय बिहारी आ प्यारेलाल यादव के, संगीत राजेश रजनीश के, आ एक्शन डायरेक्शन वैंकेट के बा. मुख्य कलाकार बाड़े दिनेश लाल यादव निरहुआ, पाखी हेगडे, अवधेश मिश्रा, गोपाल राय, पुष्पा वर्मा, रोजा उस्मानी आ मनोज टाइगर.


(स्रोत : प्रशांत निशांत)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।