निरहुआ ला होली हमेशा सगुनिया साबित होले

भोजपुरी सिनेमा के जुबिली सुपर स्टार दिनेश लाल यादव निरहुआ खातिल होली के अवसर हमेश सगुनिया साबित होले. पिछला चार साल से सभे देखत बा कि निरहुआ के जवने फिल्म होली का अवसर पर रिलीज भइल सगरी सुपरो से सुपर हिट साबित भइली सँ. साल २००८ में आलोक कुमार निर्मित के “निरहुआ चलल ससुराल” निरहुआ के जुबिली स्टार के तमगा लगवा दिहलसि. साल २००९ में “हो गइनी दिवाना तोहरा प्यार में” आ साल २०१० में “सात सहेलियाँ” दुनु ब्लॉक बस्टर रहली सँ. एहू साल २०११ में मशहूर निर्माता निर्देशक रामाकान्त प्रसाद के “दिलजले” के सफलता निरहुआ के होली हिट रिकार्ड के अउरी बड़हन ऊँचाई दे दिहलसि. कहल जा रहल बा कि एह फिल्म के बिहार कलेक्शन अबतक के सबले बड़हन कलेक्शन रहल बा. सीतामढ़ी के नूतन सिनेमा हॉल में “दिलजले” के ओपनिंग कलेक्शन ५८ हजार रुपिया रहल जबकि एही हॉल में “दबंग” के ओपनिंग कलेक्शन् छप्पने हजार भइल रहे. फिल्म के ओपनिंग हर जगहा अइसने जबरदस्त रहल. निरहुआ एह सफलता के श्रेय निर्माता निर्देशक रामाकांत प्रसाद का साथ फिल्म के पूरा टीम के दिहले बाड़न.


(स्रोत – प्रशान्त-निशान्त)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।