निरहुआ व्यवहारकुशल आ दिलदार मनई हउवें


दिनेश लाल यादव निरहुआ के भोजपुरी सिनेमा के सुपर स्टार का साथे साथ जुबिली स्टार मानल जाला काहे कि उनका फिल्मन के सफलता तय रहेला. बाकिर दिनेश लाल यादव एगो मजगर अभिनेता का साथेसाथ व्यवहार कुशल आ दिलदारो हउवें. अक्सरहाँ ऊ कुछ ना कुछ अइसन कर जालें जवना के दोसरा लोग खातिर एगो उदाहरण मान लिहल जाला. अब इहे देखीं ना. फिल्म बनावत घरी निर्माता अपना कलाकारन, निर्देशक, आ बाकी लोग के एक से बढ़ के एक वादा कर देलन कि फिल्म के सल होखे दीं हम हई देब, हम हऊ देब. बाकिर फिल्म के रिलीज होखते माहौल आ मूड दुनु बदल जाला. फिल्म सफल हो गइल त निर्माता नोट गिने में लाग जाला आ ओकरा दोसरा लोगन के सुधिये ना रहि जाव. आ अगर फिल्म असफल साबित हो गइल तब के केकरा के पूछत बा. इनाम आ उपहार के त बाते छोड़ दीं. बकायो मिलल मुश्किल हो जाला. बाकिर निरहुआ अपना फिल्म “औलाद” के निर्देशक असलम शेख आ कहानी कार संतोष मिश्रा के फिल्म बनते घरी एक एक गो मारुति रिट्ज कार उपहार में दे दिहलन. बा नू ई दिलदारी ?


(स्रोत – प्रशान्त-निशान्त)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।