निर्देशक राजीव राय के ’मेरे साजन तेरे कारण’

rajiv-raiआनंद मीडिया इन्टरटेनमेंट के बैनर तले बनल भोजपुरी फिलिम ’मेरे साजन तेरे कारण’ के पूरा शूटिंग उत्तर प्रदेश के गोंडा आ फैजाबाद में भइल बा. प्रेम त्याग आ समर्पण पर बनल एह फिलिम के निर्देशक हउवें राजीव राय.

फिलिम के पोस्ट प्रोडक्शन काम मुंबई के आर्दश नगर में शकुंतलम स्टूडियों में होखत बा. एहमें आठ गो बढ़िया गाना बा.

संगीतकार के.रत्नेश, छायाकंनकर्ता पवन गुप्ता, फाईट मास्टर सिंह इज किंग, नृत्यगुरू केदार सुब्बा, आ संपादक विनोद हउवें. मुख्य कलाकारन में अपूर्वा, रवि राज, अवधेश मिश्रा, मनोज टाइगर, गोपाल राय, पूनम सिंह, अनूप अरोरा, अनामीका पाण्डेय, देव सिंह, अनुराग, महेश, लाखन आ अनूप के नाम बा.


(संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।