निर्देशक राजीव राय के ’मेरे साजन तेरे कारण’

rajiv-raiआनंद मीडिया इन्टरटेनमेंट के बैनर तले बनल भोजपुरी फिलिम ’मेरे साजन तेरे कारण’ के पूरा शूटिंग उत्तर प्रदेश के गोंडा आ फैजाबाद में भइल बा. प्रेम त्याग आ समर्पण पर बनल एह फिलिम के निर्देशक हउवें राजीव राय.

फिलिम के पोस्ट प्रोडक्शन काम मुंबई के आर्दश नगर में शकुंतलम स्टूडियों में होखत बा. एहमें आठ गो बढ़िया गाना बा.

संगीतकार के.रत्नेश, छायाकंनकर्ता पवन गुप्ता, फाईट मास्टर सिंह इज किंग, नृत्यगुरू केदार सुब्बा, आ संपादक विनोद हउवें. मुख्य कलाकारन में अपूर्वा, रवि राज, अवधेश मिश्रा, मनोज टाइगर, गोपाल राय, पूनम सिंह, अनूप अरोरा, अनामीका पाण्डेय, देव सिंह, अनुराग, महेश, लाखन आ अनूप के नाम बा.


(संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..