निर्देशक सनोज मिश्रा सड़क दुर्घटना में घवाहिल

सिनेमा भोजपुरी के जानल मानल निर्देशक सनोज मिश्रा आजु राजस्थान के जोधपुर हाईवे पर एगो सड़क दुर्घटना में घवाहिल हो गइले. मिलल जानकारी का मुताबिक सनोज मिश्रा एगो निजी वाहन से जोधपुर से जैसलमेर जात रहले जब रास्ता में एगो नीलगाय सड़क पर आ गइल. ओकरा से बचे का कोशिश में गाडी दुर्घटना ग्रस्त हो गइल.

सनोज मिश्रा के कपार आ कुल्हा में चोट आइल बा आ डाक्टर उनुका के आराम के सलाह दिहले बाड़े. निर्माता अंजनी कुमार उपाध्याय बतवले कि सनोज का कपार पर छह गो टाँका पड़ल बा आ कुल्हा में जबरदस्त चोट बा. कुछ दिन पहिलहु सनोज मिश्रा एगो दुर्घटना में लखनऊ मे घवाहिल भइल रहले जवना चलते तब रवि किशन अभिनीत बहुचर्चित फिल्म “प्रेम विद्रोही” के शूटिंग टार दिहल गइल रहुवे. अब ओह फिल्म के शूटिंग पहिला मई से लखनऊ में होखे वाला बा.

सनोज मिश्रा के जल्दी से स्वस्थ हो जाये के शुभकामना बा.


(उदय भगत के भेजल रपट से)

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..