निर्माण कार्य ना होखला का चलते मगहर महोत्सव पर असर पड़े के अनेसा

महान सूफी संत आ समाज सुधारक कबीरदास के निर्वाणस्थली मगहर मे सुन्दरीकरण के धीमा रफ्तार से होखला का चलते अगिला साल होखे वाला मगहर महोत्सव पर खतरा के बदरी मड़राए लागल बा.
कबीर चौरा आ मगहर महोत्सव स्थल के सुन्दरीकरण खातिर केन्द्रीय पर्यटन मंत्रालय दू करोड बहत्तर लाख के योजना के मंजूरी दिहले बावे. एह राशि से काम जून महीना में शुरुओ हो गइल बाकिर काम अतना गँवे गँवे होखत बा कि जनवरी के पहिले काम पुरा होखे के उमेद नइखे लागत. मगहर महोत्सव 12 से 18 जनवरी ले होखे वाला बा.
राज्य के उपनिदेशक पर्यटन गोरखपुर पी के सिंह के कहना बा कि निर्माण ले के शुरू में कुछ दिक्कत रहल जवना के दूर क लीहल गइल बा आ अब अगिला दू महीना में काम पूरा कर लिहल जाई.
(वार्ता)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।