निर्माता लोग के पहिला पसन्द

कवनो फिल्म के हिट हो गइला का बाद ओकरा कलाकार किहाँ निर्माता लोग के लाइन लागे के बात त हमेशा सुनल जाला बाकिर ई पहिला बेर भइल बा कि कवनो कलाकार के कवनो फिलिम रिलीज होखे से पहिलहीं ओकरा दुआर पर लोग कतार बान्ह देव. आ भइल बा संहय यादव का साथे. संजय यादव के कवनो फिल्म अबही ले रिलीज नइखे भइल तबहियो लक्ष्मण बी॰सिंह उनुका के अपना फिल्म “तोहरे प्यार में” खातिर हालही में साइन कइले बाड़न. निर्देशक रहीहें मनोज एस तोमर. संजय यादव के पहिला फिल्म “तोहरे बिना भी का जीना” के निर्देशन तोमरे कइले बाड़न. ई फिल्म जल्दिये रिलीज होखे वाली बा. शरद बागला आ उमेश यादव उनुका के अपना फिल्म “नाचऽ गावऽ मजा करऽ” खातिर साइन कइले बाड़े. एकर निर्देशन राजकुमार बागला करीहें.
फिल्म “तोहरे प्यार में” खातिर पिछला दिने मुंबई के निर्वाना स्टूडियो में संजय यादव आ श्रीकंकाणी के फोटो शूट कइल गइल. श्री बालकिशन इंटरटेनमेंट का बैनर में बने जा रहल एह फिल्म के कलाकारन आ टेक्नीशियनन के चुने क काम चल रहल बा. फिल्म अगिला महीना फ्लोर पर जाये के उमेद बा.


(स्रोत – समरजीत)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..