नीतीश कहलन कि जदयू अपने जइसन विचारवाली पार्टिियन का संगे मिल के चली

बिहार में दस गो विधानसभा सीट पर होखे जात उपचुनाव ला एक तरफ भाजपा नीत राजग आ दोसरा तरफ जदयू, राजद, कांग्रेस, वाम दल वगैरह पार्टियन के घेराबन्दी शुरु हो गइल बा. भाजपा के कहना बा कि राजग के सगरी दल एह उपचुनाव ला पूरा से तइयार बाड़े. ओने जदयू नेता आ बिहार के मुख्यमंत्री रहल नीतीश कुमार के कहना बा कि विरोधी ताकतन के हरावे ला जदयू अपने जइसन विचारधारा वाली पार्टियन से मिल के चुनाव लड़ी. कहलन कि बिहार में भाजपा के आगे बढ़े से रोके के बा त राजद आ जदयू का संगे कांग्रेसो के शामिल होखे के चाहीं. बतवलन कि एह काम ला जदयू के प्रदेश अध्यक्ष वशिष्ठ नारायण सिंह के जिम्मा सँउपल गइल बा.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..