नीतीश कहलन कि जदयू अपने जइसन विचारवाली पार्टिियन का संगे मिल के चली

बिहार में दस गो विधानसभा सीट पर होखे जात उपचुनाव ला एक तरफ भाजपा नीत राजग आ दोसरा तरफ जदयू, राजद, कांग्रेस, वाम दल वगैरह पार्टियन के घेराबन्दी शुरु हो गइल बा. भाजपा के कहना बा कि राजग के सगरी दल एह उपचुनाव ला पूरा से तइयार बाड़े. ओने जदयू नेता आ बिहार के मुख्यमंत्री रहल नीतीश कुमार के कहना बा कि विरोधी ताकतन के हरावे ला जदयू अपने जइसन विचारधारा वाली पार्टियन से मिल के चुनाव लड़ी. कहलन कि बिहार में भाजपा के आगे बढ़े से रोके के बा त राजद आ जदयू का संगे कांग्रेसो के शामिल होखे के चाहीं. बतवलन कि एह काम ला जदयू के प्रदेश अध्यक्ष वशिष्ठ नारायण सिंह के जिम्मा सँउपल गइल बा.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।