नीतीश कुमार आजु सतवां बेर मुख्यमंत्री पद के किरिया धरीहें

मोदी सरकार में मंत्री ना बनावल गइला पर छिरियाइल यशवन्त सिन्हा के कहना बा कि नीतीश कुमार नामे भर के मुख्यमंत्री रहीहन बिहार के. भाजपा उनुका के तबले निचोड़ी जब ले ऊ बजान परान के नइखन हो जात.

आजु थोड़ही देर बाद नीतीश कुमार मुख्यमंत्री पद के किरिया लेबे जात बाडन.

आजु होखे वाला किरिया धराई समारोह में तेजस्वी आ उनुका गठबन्हन के लोग शामिल ना होखी काहे कि तेजस्वी के कहना बा कि जनता के मैंडेन्त उनुका गोल के मिलल बाकिर भाजपा अपना तिकड़म से ओह मैंडेट के हथिया लिहले बिया.

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।