नीतीश कुमार सम्मानित कइलन मनोज तिवारी के

बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार पिछला दिने दिल्ली में आयोजित बिहार शताब्दी उत्सव में सिनेमा भोजपुरी के मेगा स्टार अउर लोकप्रिय गायक मनोज तिवारी समेत 20 गो बिहारी विभूतियन के विशिष्ट बिहारी सम्मान से सम्मानित कंइलन. जवना लोगन के ई सम्मान दिहल गइल ऊ लोग रहे सेबी के अध्यक्ष यूके सिन्हा, स्टार इंडिया के सीइओ उदय शंकर, पावर ट्रेडिंग कॉरपोरेश्ज्ञन के टीएन ठाकुर, पूर्व विदेश सचिव श्याम शरण, भोजपुरी मेगा स्टार आ गायक मनोज तिवारी, फोर्टिस अस्पताल के हृदय रोग विशेषज्ञ डॉ. अशोक सेठ, वरिष्ठ पत्रकार प्रेम शंकर झा, इतिहासकार डीएन झा, द टाइम्स ऑफ इंडिया के राजनीतिक संपादक दिवाकर अस्थाना, गर्वनेंस नाउ के संपादक अजय सिंह, क्रिकेटर रहल सबा करीम, रंगकर्मी जयंज कस्तुआर, अधिवक्ता रंजीत कुमार, डॉ. जगदीश प्रसाद, डॉ. कामेश्वर प्रसाद, डॉ. रंजीत राय चौधरी, डॉ. एके सिंह, खिलाड़ी हरेन्द्र सिंह, कलाकार भारती दयाल अउर प्रो. सुबोध नारायण मालाकार.

कला संगीत का क्षेत्र में बड़हन योगदान करे खातिर मनोज तिवारी के सम्मानित कइल गइल.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट से)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।