नीतीश के कहते लालू के ठिकानन प आयकर के छापा


काल्हुए बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार कहले रहलन कि अगर लालू आ उनुका परिवार का लगे बेनामी संपति के सबूत बावे त केन्द्र सरकार कवनो कार्रवाई काहे नइखे करत. आ आजु भोरही लालू से जुड़ल 22 गो ठिकाना प आयकर के छापा पड़ गइल बा.

एगो खटाल से जिनिगी शुरु करे वाला लालू प्रसाद बिना कवनो बिजनेस कइले आजु अरबपति बन के बइठल बाड़न. अब चारा घोटाला के बिजनेस मानल जाव त अइसनका कुछ बिजनेस जरुर कइले बाड़न आ अबहियों कइले जात बाड़न. नाम मात्र के खरचा देखा के करीब 1000 करोड़ के बेनामी संपति लालू के खानदान का नामे बतावल जात बा. 22 गो ठकाना प पड़ल छापेमारी में लालू यादव के बेटन आ दामाद समेत सांसद प्रेमचंद गुप्ता के बेटनो के घर प छापामारी भइल बा.

बतावल जात बा कि शकुंतला फार्म प्रेमचंद गुप्ता के नाम प बा बाकि ओहिजा लालू के परिवार रहेला.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *