नीतीश के किरिया धराई समारोह में भाजपा के जयचंदन के नेवता

बिहार के मुख्यमंत्री पद के किरिया धराई समारोह 20 तारीख के पटना के गाँधी मैदान में करावल जाई. एह मौका पर कांग्रेस अध्यक्षा सोनिया गाँधी, राहुल गाँधी, अखिलेश यादव, ममता बनर्जी, मुलायम सिंह यादव, अरविंद केजरीवाल, आ नवीन पटनायक का साथही भाजपा के जयचंद बन गइल शत्रुघ्न सिन्हा आ लालकृष्ण आडवाणियो के नेवतल गइल बा. आडवाणी त पता ना अइहें कि ना बाकिर भाजपा के ‘शत्रु’ जरूर एह मौका पर अइहें.
अपना मन के पीड़ा कई बेर उजागर कर चुकल शत्रु के उमेद रहुवे कि भाजपा उनुका के बिहार के मुख्यमंत्री पद खातिर जनता का सोझा पेश करी बाकिर सपना सपने रहि गइल आ तब से ऊ अतना बकबक कइल शुरु क दिहले बाड़न कि इहे लागत बा कि उनकर मनसा बा कि भाजपा उनुका के पार्टी से निकाल देव. एकरा से उकर सांसदिओ बाचल रह जाई आ तब ऊ कवनो ना कवनो विरोधी दल में शामिल हो जइहें.
एह बीच भाजपा के शत्रु नागपुर में संघ के मुख्यालयो में हाजिरी बजवलन बाकिर ओहिजा केहू उनका से मिले के समय ना दीहल. सभे जान गइल बा कि ई आदमी कवनो काम के नइखे रहि गइल भाजपा ला.
शत्रु के कहना बा कि उनुका जतना बोले के रहुवे से बोल लिहलन आ अब आराम से बइठ के बिहार के मुजरा देखीहें.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।