नीतीश के शपथ ग्रहण समारोह

आजु उपरि बेरा पटना के गाँधी मैदान में राज्यपाल देवानंद कुंवर नीतीश कुमार के बिहार के 32वां मुख्यमंत्री का रूप में अउर भाजपा के सुशील कुमार मोदी के उपमुख्यमंत्री के रूप में पद आ गोपनीयता के शपथ दिअवलें. साथ ही साथ जदयू के 18 आ भाजपा के 10 विधायकन के मंत्री पद के शपथ दिआवल गइल. जदयू का तरफ से विजय कुमार चौधरी, बिजेंद्र प्रसाद यादव, नरेंद्र सिंह, रमई राम, हरि प्रसाद साह, भीम सिंह, रेणू कुमारी, जीतन राम मांझी, दामोदर राउत, पूर्व महाधिवक्ता पीके शाही, शाहिद अली खान, श्याम रजक, प्रवीण अमानुल्लाह, नीतीश मिश्र, अवधेश प्रसाद कुशवाहा, आ गौतम सिंह रहलें जबकि भाजपा का ओर से नंद किशोर यादव, चंद्रमोहन राय, अश्विनी कुमार चौबे, जनार्दन सिंह सिग्रीवाल, गिरीराज सिंह, सत्यनारायण आर्य, रामाधार सिंह, सुखदा पांडेय, आ सुनील कुमार उर्फ पिंटू रहलें. विभाग के बँटवारा अबहीं नइखे भइल.

1 Comment

  1. drjpsingh

    this.site.is.more.informativ.abot.bhojpuri



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।