नीतीश सरकार के किरिया धराई हो गइल

पटना गांधी मैदान में आजु शुक का दिने नीतीश कुमार सरकार के किरिया धराई समारोह धूमधाम से मनावल गइल. एह मौका पर एकाध अपवाद छोड़ देश भर के मोदी विरोधी नेता मौजूद रहलें.
नीतीश कुमार का साथे 28 गो अउरी मंत्रियन के किरिया धरावल गइल जवना में लालू के दुनू पूत शामिल बाड़ें. चारा घोटाला में चुनाव लड़े से नालायक बना दीहल गइल सजायाफ्ता आ जमानत पर छूटल लालू प्रसाद के छोटका बेटा तेजस्वी यादव के बिहार के मुख्यमंत्री बनावल गइल बा. एकरा साथही लालू के परिवार के विरासत के झगड़ा कुछ समय ला थथम गइल बा. देर सबेर मीसा के महात्वाकांक्षा एह विवाद के फेरू जगइबे करी.

मुख्यमंत्री नीतीश कुमार अपना लगे सूचना आ जन संपर्क, गृह अउर सामान्य प्रशासन विभाग रखले बाड़न. बाकिर विभाग एह तरह से बाँटल गइल बा –
1. तेजस्वी यादव (राजद) : पथ एवं भवन निर्माण, पिछड़ा-अति पिछड़ा कल्याण (उपमुख्यमंत्री)
2. तेजप्रताप यादव (राजद) : स्वास्थ्य, लघु सिंचाई तथा पर्यावरण विभाग
3. अब्दुल बारी सिद्दिकी (राजद) : वित्त विभाग
4. विजेंद्र प्राद यादव (जदयू) : ऊर्जा विभाग
5. राजीव रंजन सिंह उर्फ ललन सिंह (जदयू) : जल-संसाधन विभाग
6. श्रवण कुमार (जदयू)
7. जयकुमार सिंह (जदयू) : उद्योग व साइंस टेक्नोलोजी विभाग
8. आलोक कुमार मेहता (राजद) : सहकारिता विभाग
9. चंद्रिका राय (राजद) : परिवहन विभाग
10. अवधेश कुमार सिंह (कांग्रेस) : पशुपालन विभाग
11. कृष्णनंदन प्रसाद वर्मा (जदयू) : लोक स्वासथ्य अभियंत्रण व कानून विभाग
12. महेश्वर हजारी (जदयू) : नगर विकास विभाग
13. अब्दुल जलील मस्तान (कांग्रेस) : उत्पाद व निबंधन विभाग
14. रामविचार राय (राजद) : कृषि विभाग
15 . शिवचंद्र राम (राजद) : कला-संस्कृति विभाग
16. डॉ. मदनमोहन झा (कांग्रेस) : राजस्व व भूमि सुधार विभाग
17. शैलेश कुमार (जदयू) : ग्रामीण कार्य विभाग
18. कुमारी मंजू वर्मा (जदयू) : समाज कल्याण विभाग
19. संतोष कुमार निराला (जदयू) : एससी-एसटी कल्याण विभाग
20. डॉ. अब्दुल गफूर (राजद) : अल्पसंख्यक कल्याण विभाग
21. चंद्रशेखर (राजद) : आपदा प्रबंधन विभाग
22. खुर्शीद उर्फ फिरोज अहमद (जदयू) : गन्ना उद्योग विभाग
23. मुनेश्वर चौधरी (राजद) : खाद्य एवं भूतत्व विभाग
24. मदन सहनी (जदयू) : खाद्य व उपभोक्ता विभाग
25. कपिलदेव कामत (जदयू) : पंचायती राज विभाग
26. अनिता देवी (राजद) : पर्यटन विभाग
27. विजय प्रकाश (राजद) : श्रम संसाधन विभाग
28. अशोक चौधरी (कांग्रेस) : शिक्षा व आइटी विभाग

एह किरिया धराई का बेरा यूपी के मुख्यमंत्री भा सपा के कवनो नेता ना आइल रहलें.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।