नीमन आदमी बन गइलें बिपिन सिंह

BipinSinghखलनायक बिपिन सिंह अकसरहाँ कुछ ना कुछ नया करत रहलें. एही चलते फिलिम “प्रतिघात” में बिपिन सिंह खलनायकी ना कर के एगो नीमन आदमी के किरदार कइलें बाड़ें. दर्शको उनुका के अइसने पाजीटिव किरदार में देखलो चाहत रहलें. अब ई भूमिका कर के बिपिन सिंह बहुते खुश बाड़ें. एहमें उनुका के एगो सच्चा आ इमानदार पुलिस इंसपेक्टर का रुप में देखीहें दर्शक. अक्षरा सिंह एहमें एगो खास भूमिका में बाड़ी.

ई नारी प्रधान फिलिम अनुभव मोशन पिक्चर के बैनर तले बनल बा आ निर्देशक बाड़ें आनंद डी गहतराज. फिलिम के कहानी लिखले बाड़न मनोज पाण्डेय.


(भोजवुड न्यूज)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।