नीमन दिन आइल : औद्योगिक कर्मचारियन के मिली दुगुना बोनस

केन्द्र सरकार फैसला क लिहलसि कि अब औद्योगिक कर्मचारियन के पहिले से दुगुना बोनस दीहल जाई. पहिले बोनस के सीमा साढ़े तीन हजार रुपिया रहुवे जवना के बढ़ा के अब सात हजार कर दीहल गइल बा. आ एह बोनस के हकदार बने खातिर तनखाहो के सीमा पहिले के दस हजार रुपिया से बढ़ा के एकइस हजार रुपिया कर दीहल गइल बा. मतलब कि अब एकइस हजार रुपिया महीना ले कमाए वाला लोग के बोनस मिली आ एह बोनस के सीमा सात हजार ले रही.

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।