नीरज यादव आ सीमा सिंह एक संगे ’प्रतिघात’ में

seema-neerajअनुभव मोशन पीक्चर्स के बैनर तले बने जात भोजपूरी फिलिम “प्रतिघात” मे एक्शन खलनायक नीरज यादव आईटम गर्ल सीमा सिंह संगे नजर आवे वाला बाड़ें. एही फिलिम से एह नवोदित अभिनेता के भोजपुरी परदा पर उतारल जात बा. नीरज एह फिलिम में मूख्य खलनायक बाड़ें.

नीरज यादव के कहना ह कि आजु बहुते वीडियो फिल्म बनावे वाला निर्देशक फिलिम बनावे लागल बाड़ें जवना से फिलिम तकनीकि रूप से बहुते कमजोर बनत बाड़ी सँ. एह माहौल के बदलला के जरूरत बा. काहे कि बहुते निर्माता निर्देशक अइसनो बाड़े जिनका भोजपुरी भाषा संस्कृति के तनिको जानकारी ना होखे आ भोजपुरी के नाम पर बेतुकी फिलिम परोसत रहेलें.

नीरज यादव एहसे पहिले अनेके धारावाहिकन आ टेली फिलिमन में काम कर चुकल बाड़ें. लखनऊ दूरदर्शन पर नीरज अक्सर कवनो ना कवनो शो करत रहेलें.

एह नारी प्रधान फिलिम में आठ गो गाना बाड़ी सँ आ निर्देशन करत बाड़ें राष्ट्रीय पुरस्कार विजेता आनंद डी गहतराज, जे भोजपुरी में अनेके फिलिमन के निर्देशन कर के आपन एगो अलगे पहिचान बना लिहले बाड़न.

बतावल जात बा कि एह फिलिम के एके साथ देश के दू सौ सिनेमाघरन में रिलीज कइल जाई.

निर्माता अनुभव मोशन पिक्चर्स, निर्देशक आनंद डी गहतराज, गीत- संगीत एस. कुमार, छायांकन नरेन्द्र पटेल, नृत्य महादेवन, फाईट दर्शन सिंह, आ पटकथा-संवाद मनोज पाण्डेय के बा.
.
मूख्य कलाकार नीरज यादव, अक्षरा सिंह, हैदर काजमी, शुभम तिवारी, मोना राय, विपिन सिंह, निलिमा सिंह, राकेश त्रिपाठी, सीमा सिंह वगैरह बाड़े.


(संजय भूषण पटियाला)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।