नीरा यादव के जेल के सजा

मुलायम सरकार का जमाना में यूपी के मुख्य सचिव रहल नीरा यादव के सीबीआई के कोर्ट एगो जमीन से जुड़ल मामिला में चार साल के जेल के सजाय सुनवले बा. सजा सुनला का बादे नीरा यादव रो पड़ली. नोएडा के एगो प्लॉट फ्लेक्स इंडस्ट्रीज के अशोक चतुर्वेदी के गलत तरीका से दिहल गइल रहुवे जवना खातिर कोर्ट नीरा यादव के दोषी मनलसि. अशोको चतुर्वेदी के चार साल के सजा सुनावल गइल बा. एह फैसला से अधिकारियन का बीच सही संदेश जाई आ अब ऊ लोग राजनीतिक दबाव में आ के गलत फैसला करे से पहिले चार हालि सोची. नीरा यादव के जेल के सजा सुनके प्रदेश के आईएएस अधिकारियन के एगो धड़ा खुश बा.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..