नीरा राडिया का घर दफ्तर पर फजीरही से छापा

आजु फजीरही से सीबीआई के अलग अलग टीम नीरा राडिया, टेलीकाम के पूर्व सचिव प्रदीप बैजल, ए. राजा के भाई बहिन, तमिल पत्रकार कामराज, इहाँ तकले कि करुणानिधि परिवारो से जुड़ल कुछ जगहन पर छापा मरले बा. बतावल जा रहल बा कि नीरा राडिया से पूछताछ चल रहल बा आ नीरा के लैपटॉप जब्त कर लिहल गइल बा. एह मामिला में एगो हवाला कारोबारी का दफ्तरो पर छापा पड़ल बा जेकरा पर संदेह बा कि ऊ नीरा राडिया के धन हवाला से विदेश भेजत रहे आ करिया के उज्जर करे में लागल रहे.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..