नेता हड़कवले त समर्थक बिदकलें

आजु यूपी के मुख्यमंत्री अखिलेश यादव के बैरिया में सभा के शुरूआत में बोलत बलिया के एगो बड़का नेता सभा में जुटल समर्थकन के हड़कावे लगलन. कहलन कि जे पार्टी के टोपी लगा के नइखे आइल से चुपचाप पीछे चल जाव आ टोपी वालन के आगे आवे देव. उनका कहला का बावजूद जब कार्यकर्ता जमल रह गइलें त पुलिस वालन के हड़कावे के कोशिश कइलन. कहलन कि काल्हु पीएम का मीटिंग से थाक गइल बाड़ जा त हमनी का थकानो उतारल जानीलें.
एह नेता के बदजुबानी बहुते लोग का खराब लागल आ लोग सभा से बिदके लागल. एक त रणनीतिक गलती रहे कि पीएम के शानदार सभा का ठीक अगिले दिने सीएम के सभा रख दीहल लोग. पीएम जइसन भीड़ ना जुटे के रहल ना जुटल त स्थानीय नेता लोग के झल्लाइल जायज बाकिर बेजरुरत रहे.
आजु यूपी के मुख्यमंत्री अखिलेश यादव बलिया में विश्वविद्यालय, स्पोर्ट्स कॉलेज आ अनेके सड़क योजनन के शिलान्यास कइलन आ उज्जवला योजना में फ्री सिलिन्डर पावे वाला औरतन के पाँच पाँच सौ रुपिया के पेंशन देबे के एलान कइलन. कहलन कि केन्द्र फ्री में सिलिन्डर दी त राज्य सरकार ओकरा के भरवावे के रुपिया.
सभा में करीब दस हजार लोग जुटल रहे.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।