नेपाल आ मिथिलांचल के सुपर स्टार संतोष राज "बदले की आग" में बाड़े

भोजपुरी सिनेमा के उज्ज्वल भविष्य अउर सुनहरा दौर के चकाचौंध से खिंचाइल नेपाल आ मिथिलांचल के सुपर स्टार “संतोष राज” सिनेमा भोजपुरी में “बदले की आग” फिलिम से शुरूआत कइले बाड़न.
.
संतोष राज एहसे पहिले अनेके नेपाली आ मैथिली फिलिमन मे बतौर नायक दर्शकन के दिलोदिमाग में घर बना चुकल बाड़े, अब “मिथिला मल्टी मीडिया फिल्म्स प्रा० लि० (नेपाल)” के बैनर तले बने जात भोजपुरी फ़िल्म “बदले की आग” से संतोष भोजपुरी सिनेमा का परदा पर अपना अभिनय के कमाल देखावे आइल बाड़न. एक्शन, रोमांस आ पारिवारिक ड्रामा वाली एह फिल्म के स्टार्ट टू फिनिश शूटिंग नेपाल में करावल जाई. फिल्म के सगरी गीत रिकार्ड हो चुकल बाड़ी सँ. गायकन में उदित नारायण, पामेला जैन, कल्पना, रेखा राव, इंदु सोनाली, मनोज मिश्रा, सुनील छैला बिहारी, मीनू अरोड़ा, मोहन राठौर, प्रियंका सिंह अउर राजेश पायल ‘राई’ (नेपाल के सुपर स्टार गायक) शामिल बाड़े.

निर्माता अशोक सिन्हा, निर्देशक मनोज श्रीपति झा, प्रस्तुतकर्ता कलीम मंसूर आ विद्यालाल साहनी, गीतकार विनय बिहारी, राजेश मिश्रा अउर अशोक सिन्हा, संगीतकार छोटे बाबा, कैमरा मैन रविन्द्र बराल, नृत्य निर्देशक दिनेश ठाकुर आ साईमन, मारधाड़ निर्देशक रोशन हउवें

मुख्य कलाकारन में संतोष राज, मोनालिसा, राजाबाबू, बालेश्वर सिंह, धर्मेन्द्र सिंह, राकेश रौनक, विनीता अउर संजय पाण्डेय क नाम बा.


(अपना न्यूज के रपट)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।