नेपाल के प्रधानमंत्री चुने के नया दौर

बियफे का दिने नेपाल के प्रधानमंत्री चुने के नया दौर शुरु हो गइल बा. आजु के वोट नया कायदा से हो रहल बा जवना में प्रधानमंत्री चुना जाये के उमेद पहिले से ज्यादा बा. चार गो उम्मीदवार एह चुनाव मैदान में बाड़न. माओवादी नेता आ पूर्व प्रधानमंत्री प्रचण्ड दहल कमल के मुकाबिला नेपाली कांग्रेस के रामचन्द्र पोड्याल, नेपाली कम्यूनिष्ट पार्टी के झालानाथ खनाल, आ मधेशिया जनाधिकारो फोरम के बिजय कुमार गछाधर से बा. अगर चुनाव के परिणाम आजु का वोट से ना निकलल त फेर शनिचर के दूसरा दौर आ अतवार के तिसरका दौर तक हो सकेला.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।