नेपाल के प्रधानमंत्री चुने के नया दौर

बियफे का दिने नेपाल के प्रधानमंत्री चुने के नया दौर शुरु हो गइल बा. आजु के वोट नया कायदा से हो रहल बा जवना में प्रधानमंत्री चुना जाये के उमेद पहिले से ज्यादा बा. चार गो उम्मीदवार एह चुनाव मैदान में बाड़न. माओवादी नेता आ पूर्व प्रधानमंत्री प्रचण्ड दहल कमल के मुकाबिला नेपाली कांग्रेस के रामचन्द्र पोड्याल, नेपाली कम्यूनिष्ट पार्टी के झालानाथ खनाल, आ मधेशिया जनाधिकारो फोरम के बिजय कुमार गछाधर से बा. अगर चुनाव के परिणाम आजु का वोट से ना निकलल त फेर शनिचर के दूसरा दौर आ अतवार के तिसरका दौर तक हो सकेला.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..