नेपाल भोजपुरी समाज


पिछला दिने नेपाल भोजपुरी समाज, वीरगंज के अध्यक्ष रामदेव प्रसाद श्रीवास्तव के अध्यक्षता मे वीरगंज में एगो बइठक भइल. एहमें फागुन 28 गते का दिने होखेवाला भोजपुरी महोत्सव कार्यक्रम के सभ्य अउरि व्यवस्थित तवर से सम्पन्न करावे क वास्ते जरुरी विषयन प छलफल भइल.
कार्यक्रम के अतिथि अउरी सजनवृंद लोग के स्वागत खातिर अपनावल जाएवाला रणनिति का बारे में संस्था के सदस्य लोग अपन अपन राय रखले. बइठक मे वृहत छलफल के बाद कार्यक्रम के सम्पन्न करे वास्ते सगरी कार्य समिति सदस्यन के अलग अलग समिति बना के जिम्मेवारी देबे के तय भइल.

नेपाल के बहुते पुरानन साहित्यिक-सामाजिक संस्था नेपाल भोजपुरी समाज, वीरगंज का तरफ से 11 मार्च शनिचर का दिन होखेवाला फगुआ उत्सव के तइयारी के क्रम में 6 मार्च का दिने वीरगंज के पड़ोसी शहर रक्सौल में हिंदी अउरी भोजपुरी के प्रसिद्ध हस्ताक्षर डॉक्टर हरिंद्र हिमकर के कौडीहार चौक, रक्सौल आवास प व्यापक विचार-विमर्श भइल. कार्यक्रम नीमन से होखे एह खातिर डॉक्टर हिमकर जी नेपाल भोजपुरी समाज के अध्यक्ष श्री रामदेव श्रीवास्तव, उपाध्यक्ष श्री ध्रुव सिंह ठकुरी सचिव रितु राज के सलाह अइर सहजोग के पूरा भरोसा देहनी.

जाने जोग बा कि नेपाल भोजपुरी समाज, संस्था स्थापना संवत 2029 (साल 1970) में भइल रहे. एही जनवरी में संस्था के चुनाव का बाद नया कार्यकारिणी बनल. नयका टीम के जानकारी नीचे दीहल जात बा –

संस्थापक अध्यक्ष – पंडित दीप नारायण मिश्र
अध्यक्ष – रामदेव प्रसाद श्रीवास्तव
उपाध्यक्ष – ध्रुव सिंह ठकुरी
सचिव – रितुराज
सह सचिव – अजमत अली अंसारी
कोषाध्यक्ष – मनोज कुमार मिश्र
सदस्य – सलमा खातून, मनोज पटेल, रामाशीष प्रसाद धानुक, रामक्षेत्री पंडित, चन्दन दास, जीतेन्द्र साह प्रियांशु, आ रामनरेश चौरसिया.
सलाहकार सदस्य – ओमप्रकाश जायमवाल, ओम पर्काश सिकारिया, गोपाल अश्क, सच्चिदानंद सिंह, दिनेश गुप्ता, गोपाल ठाकुर, डॉ विशम्भर शर्मा, आ विजच प्रकाश बीन.


(नेपाल भोजपुरी समाज)

1 Comment

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *